Archive for the 'Bhojpuri Lyrics' Category

Bhavaravaa ke toharaa sange jaaee

Saturday, July 26th, 2008

Bhavaravaa ke toharaa sange jaaee
ke toharaa sange jaaee,
bhavaravaa ke toharaa sange jaaee

Aave ke beriyaan sabhe kehu jaane,
duaraa pe bajal badhaaee
jaae ke beriyaan kehu naa jaane,
hansaa akele udi jaaee
bhavaravaa ke

Deharee pakad ke meharee rowen,
baahn pakad ke bhaaee,
beech anganavaan maataa ji rowen,
babuaa ke hokhelaa bidaaee
bhavaravaa ke

Kahat Kabeer suno bhaaee saadho,
sataguru saran mein jaaee
jo yah pad ke arth bataihain,
jagat paar hoee jaaee
bhavaravaa ke

Kabir

बदरी के छतिया के चीरत जहजवा से- मनोज भावुक

Friday, July 25th, 2008

बदरी के छतिया के चीरत जहजवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.
लन्दन से लिखऽतानी पतिया पँहुचला के,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

दिल्ली से जहाज छूटल फुर्र देना उड़ के,
बीबी बेटा संगे हम देखीं मुड़ मुड़ के.
पर्वत के चोटी लाँघत, बदरी के बीचे,
नीला आसमान ऊपर, महासागर नीचे.
लन्दन पँहुच गइल लड़ते पवनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

हीथ्रो एयरपोर्टवा से बहरी निकलते,
लागल कि गल गइनी थोड़ी दूर चलते.
बिजुरी के चकमक में देखनी जे कई जोड़ा,
बतियावें छतियावें जहाँ तहाँ रस्ते.
हाल चाल पूछनी हम अपना करेजवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

हर्टफोर्डसर पँहुचली सँझिया के बेरवा,
जहाँ बाटे कारखाना, जहाँ बाटे डेरवा.
डेरवा के भीतर एसी, सब सुख बा विदेशी,
चट देना फोन कइली बीबी नईहरवा.
ठकचल बा बंगला विलायती समनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

भारत से अफ्रीका, फेरु युके चली अइनी,
रुपया, सिलिंग, डालर, पाउन्ड हम कमइनी.
माईबाप चहलें से हम बनि गइनी,
अपना सपनवा के धूरि में मिलइनी.
बेमन के नाता जुड़ल हमरो मशीनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

केहू नाहीं टोवे रामा भावुक के मनवा,
तड़पे मशीन बीचे उनकर परनवा.
गीतकार खातिर कलम, कलाकार खातिर कला,
एकरा समान दोसर कौन सुख होई भला ?
अँसुवन में बहे रोज सपना नयनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

हमरा भीतर के कलाकार के मुआवऽताटे,
हमरा भीतर के गीतकार के सुतावऽताटे.
जाने कौना कीमत पे पइसा बनावऽताटे,
पापी पेट हमरा से हाय का करावऽताटे.
तड़पिला रात दिन कवना रे जमनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

तोहरा से कहतानी साँचो ए इयरवा,
काहे दूना लागत नईखे इचिको जियरवा.
हमरा के काटे दउड़े सोना के पिंजरवा,
मनवा के खींचऽताटे माई के अँचरवा.
लौट चलीं देश अपना कवनो रे बहनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

*************** नोज भावुक